जोगीरा सा रा रा रा - अनिरुद्ध कुमार

 
pic

होली देखीं रंग में, बहकल बहकल चाल।
मस्त जवानी बेगमें, लाल लाल ले गाल।।
जोगीरा सा रा रा रा

गाँव गली होली मचल, पिया हाय बंगाल
फागुन के त्योहार में, गोरी तूँ  कंगाल।।
जोगीरा सा रा रा रा

ढ़ोल बजे मृदंग बजे, बाजत बा करताल।
जीजा साली रंग में, साला देख निहाल।।
जोगीरा सा रा रा रा

बूढा बाबा ताल में, लागस मालामाल 
बुढ़िया भी ठुमका भरे, मार मार के ताल।
जोगीरा सा रा रा रा

होली होली बोलते, आज सबे खुशहाल।
भंग रंग तनमन हरे, होली बड़ी कमाल।।
जोगीरा सा रा रा रा

गाँव शहर में धूम बा, पीला, लाल गुलाल
सजधज के छोरी चली, छौड़ा करें धमाल।।
जोगीरा सा रा रा रा

होली से तनमन खुशी, दूर भइल जंजाल।
हे होली मनमें बसीं, आनंदित हो साल।
जोगीरा सा रा रा रा। 
- अनिरुद्ध कुमार सिंह, धनबाद, झारखंड
 

Share this story