केकराके कहीं हम अपना - अनिरुद्ध कुमार
अँचरा में अरमान समेटें, मर्यादा के पहिनें गहना।
फूट फूट के रोये लाडो, केकराके कहीं हम अपना।।
चूर चूर हो गइल घरौंदा,
टूट गइल बाबुल के सपना।
छूटे केबा महल अटारी।
तोंता मैंना लागे गपना।
बाबूजी भी नाहीं बोलस, के बोली बबुनी तनि सुन ना?
फूट फूट के रोये लाडो, केकराके कहीं हम अपना।।
माँ पापा के साथ न होई,
आपन कोई खास न होई।
परदेशी बन जीना मरना,
ममता के आकाश न होई।
गुजरल पल के भूलीं कइसे, केंगा जीयब माई कहना।
फूट फूट के रोये लाडो, केकराके कहीं हम अपना।।
बचपन यौवन संग गुजरनी,
केकर ना हम कइनी कहना।
प्रेम नेह सब कहाँ भुलाइल,
बेदर्दी काहे सब अतना।
प्रेम भाव दुलार कहाँ गइल, सूना सूना बा घर अँगना।
फूट फूट के रोये लाडो, केकराके कहीं हम अपना।
सोन चिरइया कह पगलीके,
भाई रोज चुँगावस दाना।
जेके जेके आपन कहनी,
सब काहे लागे बेगाना।
जीवन कौने ओरी लागी, बाबुल काहे लागे अदना।
फूट फूट के रोये लाडो, केकराके कहीं हम अपना।।
हाय बिधाता रउये सुनलीं,
लउकत नइखे आगा पाछा।
सब मिलकर के करे बिदाई
जिनगी लागे आज तमाशा।
सखी सुने ना आज चिरौरी, केहू नइखे मानत कहना।
फूट फूट के रोये लाडो, केकराके कहीं हम अपना।।
- अनिरुद्ध कुमार सिंह, धनबाद, झारखंड