मनोरंजन

भोजपुरी गीत (ऊंचा रे भवनवा) – श्याम कुंवर भारती

 

काहे नाही अइलू मईया भुलईलू ललनवा।

बसी हो गइलू ना मईया ऊंचा रे भवनवा।

 

हरदम जोही मइया हम तोहरो डहरिया।

हहरत अईबु मइया चढ़ी शेरवा पर सवरिया।

नाही अइलु ना सुना भइले मोर आंगनवा।

बसी हो गइलू ना ………….।

 

केहू चढ़ावे तोहके फल फूल चुनरिया।

पूरा करबू मनसा माई फेरबू नजरिया।

माई रूसी गइलू ना काहे बलका हो नदनवा।

बसी हो गईलू ना …………..।

 

लाल फूल अड़हुलवा माई हरवा बंनईबो।

लौंग इलायची तोहके ख़परवा हम चढईबो।

माई धावत अइहा ना चढ़ी सिंघवा हो गरजनवा।

बसी हो गईलू ना ………..।

 

लाल लंबी ज़िभिया मईया लामी कारी केसिया।

बड़ी बड़ी अंखियां माई काली रूप भेषीया ।

माई दर्शनवा देतु ना काली खाड़ हो सम्हन्वा।

बसी  हो गईलू ना मईया ऊंचा रे भवनवा ।

– श्याम कुंवर भारती (राजभर) , बोकारो,

झारखंड, मॉब.9955509286

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button