मनोरंजन

भोजपुरी गीत – श्याम कुंवर भारती

सीता सुकुमारी हम आज तक पोसली हो।

ले जइहे राम धनुषधरिया आहो लाला।

 

धनुष तोड़े चलले सावर कोमल राम हो दुलरो।

तोड़ी के बनले सीता के सांवरिया आहो लाला।

 

वर माला डाले चलली गोर जानकी हो लजाई।

भइल बियाह मिथिला नगरिया आहो लाला ।

 

सुनर सिया दूल्हीन सुघर नाही केहू हो दूसरो,

मड़वा में होला जय जय करिया आहो लाला।

 

जेवना जब अयोध्या के सब हो बाराती,

मेहरारू चुनी चुनी देवे खूब गरिया आहो लाला।

-श्याम कुंवर भारती (राजभर), बोकारो,झारखंड

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button