मनोरंजन
भोजपुरी फगुआ गीत – श्याम कुंवर भारती

फ़गुनवा भिंजावेला अंचरवा,
फुहरवा बहावेला हो कजरवा।
खेतवा में पियर सरसों फुलाइल ।
हरियर मटरवा बड़ा गदराइल ।
बाली गेंहूआ लचकावेला हो बयरवा।
फुहरवा बहावेला हो………।
बगिया कोयलिया कुहू कुहू गावे।
अमवा के मोंजरा मह मह महकावे।
मदन रस टपकावेला हो कोचरवा।
फुहरवा बहावेला हो…….।
अइले फ़गुनवा सजल सगरो सिवनवा।
फगुनी बयार बेकल करे मनवा।
गोरी नाही आवे हो पंजरवा।
फ़ुहरवा बहावेला हो कजरवा।
– श्याम कुंवर भारती (राजभर)
बोकारो, झारखंड , मॉब.9955509286




