मनोरंजन

कृष्ण भजन (भोजपुरी) – श्याम कुंवर भारती

बदरा बरस गईले भिन्जे गोकुल नगरिया
गोकुला करे हो पुकार।
बहेला पनिया जइसे सगरवा के लहरिया
कांपी गइले गोकुला हजार।
बाजल बांसुरिया जोर कन्हइया
बाजल बांसुरिया जोर…..।

बेरी बेरी गोकुला कान्हा के पुकारे
भरी भरी अंखिया में लोर
रिसीआइल इन्दर पनिया बरसावे
गोकुला डूबल नाही छोर कनहइया
बाजल बांसुरिया जोर……..।

गोबर्धन पहड़वा अंगुरिया उठावें,
धरी धरी गंउआ के लोग,
गोकुला जुटाइल गोवर्धन के नीचवा
इंदर चले ना कवनो जोर कन्हइया
बाजल बाँसुरिया जोर……..।

जबरन इंदर आपन पुजवा करावे
गोकुला के लोगवा ना ओर
बन करवले कान्हा इन्दर के पूजवा
गोवर्धन पुजवा होला भोर कनहइया
बाजल बांसुरिया जोर……।
– श्याम कुंवर भारती ( राजभर)
बोकारो, झारखंड, मोब.9955509286

Related Articles

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button